हुंडरू भारतीय राज्य झारखंड में एगो परसिद्ध झरना बाटे। ई झरना झारखंड के राजधानी राँची शहर से कुछे दूर पर होखे आ आसानी से चहुँपे लायक होखे के कारण पर्यटक लोग में पापुलर बा। आमतौर पर इहाँ जाड़ा के सीजन में बहुत सारा पर्यटक लोग छुट्टी मनावे आ प्रकृति के एह सुघर सीन के आनंद लेवे आवे ला।