लाल किला भारत के राजधानी दिल्ली में मौजूद एगो किला बाटे जवन लाल पत्थर के बनले के कारण लाल किला कहल जाला। ई किला मुगल शासक लोग के निवास रहे। वर्तमान में ई भारत के पहिचान बन चुकल कुछ चीन्हा सभ में गिनल जाला। हर बरिस राष्ट्रीय तिहवार, स्वतंत्रता दिवस के इहाँ भारत के प्रधान मंत्री द्वारा झंडा फहरावल जाला।
ई किला १६४८ ई में शाहजहाँ द्वारा बनवावल गइल रहे। एकर डिजाइन, खास तौर से बाग़ के रचना बाद के अउरी कई गो किला आ भवन सभ के डिजाइन के परभावित कइलस। एकरे बगली में सलीमगढ़ किला बाटे जवना के पुराना किला कहल जाला। सन २००७ में दुनों किला के मिला के ई पूरा भवन रचना के यूनेस्को बिस्व धरोहर स्थल घोषित कइल।