मानसरोवर हिमालय-पार (ट्रांस हिमालय) इलाका में बहुत ऊँचाई पर मौजूद मीठा पानी के झील बा जे हिमालय के श्रेणी आ कैलाश श्रेणी के बिचा में बाटे। ई चीन देस के अधिकार में आवे वाला तिब्बत खुदशासित क्षेत्र में पड़े ले। झील के धार्मिक महत्व बा आ ई हिंदू, बोन, जैन आ बौद्ध धर्म में पबित्र मानल जाले। एकरे कुछे दूर पच्छिम में एगो दूसर झील राकस ताल बा जे खारा पानी के झील हवे। मानसरोवर के पानी ओभरफ्लो होखे पर गंगा छू नदी के रूप ले के राकस ताल में बहे लागे ला।