नालंदा विश्विद्यालय पुराना समय में एगो बहुत बड़हन आ विश्वप्रसिद्ध विश्वविद्यालय रहे जेवना क खण्डहर आ अवशेष वर्तमान नालंदा नाँव की अस्थान पर बाटे। ई एगो बहुत बड़ा बौद्ध विहार रहे आ बौद्ध दर्शन की पढ़ाई क पूरा बिस्व में एगो महत्वपूर्ण केन्द्र रहे। ई पाँचवी सदी इसवी से ले के ११९७ ले शिक्षा क एगो अगुवा संस्थान रहल आ एकर धाक बहुत दूर-दूर ले रहे।
भारत सरकार कई दूसरी देसन की सरकारण की संघे मिल के ए उजर-पजर गइल विश्विद्यालय की सम्मान में नालंदा विश्वविद्यालय कि नाँव से एगो नया विश्विद्यालय खोललस हवे जेवना में २०१४ से पढ़ाई शुरू भइल हवे।