लंदन टावर (अंग्रेजी: Tower of London) या महारानी के शाही महल आ किला (Her Majesty's Royal Palace and Fortress) एक ठो ऐतिहासिक किला (castle) हवे जेवन बीच-लंदन में टेम्स नदी की उत्तरी किनारा पर मौजूद बाटे। एकर अस्थापना इंग्लैण्ड पर नार्मन बिजय के चीन्हा की रूप में सन् १०६६ इसवी में भइल रहे। उजरका टावर (मीनार) जेवना की आधार पर ए पुरा भवन के नाँव राखल गइल बा, विलियम 'विजेता' के बनवावल ह। ई किला ११०० (Ranulf Flambard) से १९५२ (Kray twins), ले एक ठो कैदखाना की रूप में इस्तेमाल भइल हालाँकि ई एकरा बनवावे के मूल मकसद ना रहे। ई शानदार महल मूल रूप से त शाही परिवार के आवास की खातिर बनल रहे।
एकरी ऐतिहासिक महत्व के कारण आजु ई किला यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल में शामिल बाटे। वर्तमान में इहाँ शाही खजाना के कुछ हिस्सा आ गहना गुरिया भी राखल बाटे।