नेशनल लाइब्रेरी ऑफ ऑस्ट्रेलिया (अंग्रेजी: National Library of Australia) ऑस्ट्रेलिया में सभसे बड़हन रेफरेंस लाइब्रेरी बाटे। ई ऑस्ट्रेलिया के "नेशनल लाइब्रेरी एक्ट" के अनुसार "आस्ट्रेलिया आ ऑस्ट्रेलिया के लोग से संबंधित लाइब्रेरी जोग सामग्री जुटावे, आ अन्य लाइब्रेरी जोग सामग्री एकट्ठा करे आ ओकर रखरखाव करे खातिर" समर्पित बाटे। साल 2012–2013 ले इहाँ के कलेक्शन में 6,496,772 आइटम सभ रहे, एकरे अलावा 15,506 मीटर के हस्तलिखित सामग्री मौजूद रहे।