इलाहाबाद में संगम के नियरे स्थित इ किला के मुगल सम्राट अकबर 1583 ई. में बनवइले रहलन। वर्तमान में इ किला के कुछ ही भाग पर्यटकन खातिर खुला बा। बाकी हिस्सन के प्रयोग भारतीय सेना करेला। इ किला में तीनगो बड़हन गैलरी बाड़ें जहां पर ऊंच ऊँच मीनार कुल बाड़ें। सैलानियन के अशोक स्तंभ, सरस्वती कूप अउर जोधाबाई महल देखे के आज्ञा बा। एकरा अलावा अहिजा अक्षय वट के नाम से मशहूर बरगद के एगो पुरान पेड़ आ पातालपुर मंदिर भी बा।