मनास्लु (अंग्रेजी: Manaslu) बिस्व के आठवाँ सबसे ऊँच परबत चोटी बा। ई नेपाल में मंसिरी हिमालय क्षेत्र में समुन्द्र तल से 8,163 metres (26,781 ft) के ऊँचाई वाली चोटी बा। एकर नाँव संस्कृत के "मनस्" शब्द से भइल बा जेकर मतलब मन होखे ला। मनास्लु पर चढ़े वाला पहिला आदमी जापानी लोग रहे आ ई कहल जाला कि "जे तरे ब्रिटिश लोग एवरेस्ट के आपन परबत माने ला ओही तरे ई जापानी परबत हवे"।