पशुपतिनाथ मंदिर नेपाल के राजधानी काठमांडो से कुछ दूरी प मौजूद एगो हिंदू मंदिर बा जे भगवान शिव के पशुपति रूप के प्रमुख मंदिर हवे। ई मंदिर हिंदू धर्म में बहुत पबित्र तीरथ मानल जाला। नेपाल के काठमांडो घाटी के पूरबी हिस्सा में बागमती नदी के तीरे पर ई मंदिर बनल बा आ अपना बनावट, इतिहास आ परसिद्धी के कारण इतिहासी, धार्मिक आ सांस्कृतिक महत्व वाला अस्थान बा। नेपाल के धार्मिक पर्यटन में भी एह मंदिर के प्रमुख योगदान बा।