टेम्स नदी (अंग्रेजी: River Thames, i TEMZ) इंग्लैंड के एगो प्रमुख नदी हवे आ इंग्लैंड आ यूनाइटेड किंगडम के राजधानी आ दुनिया के एगो सभसे महत्व वाला शहर लंदन एही टेम्स नदी की किनारे बसल बाटे। वर्तमान समय में लंदन शहर के एतना बिस्तार हो चुकल बाटे की अब ई शहर एह नदी की किनारे ना बा बलुक ई नदी अब एह शहर की दक्खिनी हिस्सा से हो के बहे ले।
लंदन की अलावा ऑक्सफोर्ड, रीडिंग, हेनलये आ विंडसर नियर अउरी कई गो प्रसिद्द शहर एह नदी की तीरे बसल बाड़ें।
ई नदी इंग्लैण्ड के सभसे लमहर आ सेवर्न नदी की बाद यूनाइटेड किंगडम के दुसरकी सभसे लमहर नदी ह। एकर कुल लंबाई 236 miles (380 km) बाटे। ई तुलनात्मक रूप से देखल जाय त इंग्लैण्ड की सूखा वाला इलाका से गुजरे ले एही से एकर जल निकास के मात्रा अउरी बाकी नदिन की तुलना में कम बाटे।
नदी में ८० से ढेर दीप बाड़ें आ एकरी निचला हिस्सा में एकर पानी समुन्दर से मिल के खारा पानी बन जाल जेवना कारन ई बहुत प्रकार के जीव-जंतु आ बनस्पति के आश्रय दिहले बाटे आ एक ठो प्रमुख बैज्ञानिक रूचि के जगह एकरा लगे बाड़ें जइसे की उत्तरी केंट मार्शेस जेवन 5,449 hectares (13,460 acres) पर फइलल बाटे।